18.6 C
Gorakhpur
Wednesday, December 4, 2024

बांग्लादेश में हिंदू मंदिरन आ घरन में तोड़फोड़, 100 लोगन के हत्या, पीएम हसीना कहलीं – इ सब छात्र नइखीं, आतंकवादी बा।

प्रमुख खबरें

Bangladesh Violence: बांग्लादेश में प्रधानमंत्री शेख हसीना के इस्तीफे के मांग के लेके चलत बवाल में अब हिंदू लोग फंस गइल बाड़ें। कट्टरपंथी मुस्लिम आ अराजकता फैलावे वाला लोग मंदिरन आ हिंदू के घरन में तोड़फोड़ कर रहल बाड़ें। प्रदर्शनकारियन आ सत्तारूढ़ पार्टी के समर्थकन के बीच भड़कल हिंसा में अब तक 14 पुलिसकर्मी समेत करीब 100 लोगन के जान जा चुकल बा। सैकड़ों लोग घायल बाड़ें। हालात एतना खराब बा कि पूरा देश में अनिश्चितकाल के खातिर कर्फ्यू लगावल गइल बा आ इंटरनेट पर बैन लगावल गइल बा। इ समय पूरा देश में कर्फ्यू लागू बा।

बांग्लादेश में हिंदू मंदिरन आ घरन में तोड़फोड़, 100 लोगन के हत्या, पीएम हसीना कहलीं - इ सब छात्र नइखीं, आतंकवादी बा।

कट्टरपंथी लोग अब हिंदू आ मंदिरन पर हमला कर रहल बा। द इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के मुताबिक, इस्कॉन आ काली मंदिर समेत हिंदू लोगन के घरन के निशाना बनावल गइल बा। हंगामा देख भक्त लोगन के शरण लेवे के मजबूर होखे के पड़ल। हिंसा में एगो हिंदू के मौत हो गइल बा। ए हालत में भारत सरकार एडवाइजरी जारी कइले बा। भारत लोगन के यात्रा से बचल राखे के कहले बा।

बांग्लादेश में हिंदू मंदिरन आ घरन में तोड़फोड़, 100 लोगन के हत्या, पीएम हसीना कहलीं - इ सब छात्र नइखीं, आतंकवादी बा।

बता दीं कि पाछिला दिनन में बांग्लादेश में आरक्षण के लेके बवाल भइल रहे, जवना के ओहिजा के सुप्रीम कोर्ट खत्म कर दिहले रहे। अब प्रदर्शनकारी सरकारी नौकरी में आरक्षण के मुद्दा प बवाल करत बनियें सरकार से इस्तीफा के मांग करत बाड़ें। रवि दिन के स्टूडेंट्स अगेंस्ट डिस्क्रिमिनेशन के बैनर तले असहयोग कार्यक्रम में प्रदर्शनकारी भाग लेवे आइल रहलें। अवामी लीग, छात्र लीग आ जुबो लीग के कार्यकर्ता लोग उनका विरोध कइलें आ दुनु पक्षन में झड़प भइल।

बांग्लादेश में हिंदू मंदिरन आ घरन में तोड़फोड़, 100 लोगन के हत्या, पीएम हसीना कहलीं - इ सब छात्र नइखीं, आतंकवादी बा।

बांग्लादेश के प्रोथोम अलो अखबार के मुताबिक, असहयोग आंदोलन के लेके देशभर में भइल झड़प, गोलीबारी आ जवाबी हमला में कम से कम 100 लोगन के जान जा चुकल बा। एह में 14 पुलिसकर्मी भी शामिल बाड़ें। हंगामा देख के रविके संझा से देश में कर्फ्यू लगावल गइल रहे। इंटरनेट आ मोबाइल सेवा भी बंद कर दिहल गइल बा।

प्रधानमंत्री शेख हसीना कहलीं – इ सब छात्र नइखन, आतंकवादी बाड़ें
ओहीजा, प्रधानमंत्री शेख हसीना कहलीं कि विरोध के नाम प बांग्लादेश में तोड़फोड़ हो रहल बा। अइसन करे वाला लोग छात्र नइखन, बल्कि आतंकवादी बा। ऊ जनता से कहलीं कि अइसन लोगन से सख्ती से निपटल जाव। सरकार सोमवारी, मंगलवारी आ बुधवारी के तीन दिवसीय अवकाश के भी घोषणा कइले बा।

भारतीय उच्चायोग जारी कइल इमरजेंसी नंबर
मंत्रालय के तरफ से इमरजेंसी नंबर भी जारी कइल गइल बाड़ें, जे ह 8801958383679, 8801958383680, 8801937400591 बा। अगर पड़ोसी देश में मौजूद कवनो भी नागरिक के कवनो तरह के परेशानी हो, त ऊ दिआइल नंबरन पर कॉल करके भारतीय उच्चायोग से संपर्क क सकतारे। हिंसा देख के एगो हफ्ता पहिलहीं बांग्लादेश से बहुत सारा भारतीय छात्र भी देश लौट आइल बाड़ें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This