28.7 C
Gorakhpur
Wednesday, September 18, 2024

National Space Day: पहिला अंतरिक्ष दिवस पर प्रधानमंत्री श्री मोदी देसवासियन क बधाई दिहले हवें।

प्रमुख खबरें

राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस 2024 :पछिला सालि तेईस अगस्त के चन्द्रयान-तीनि मिशन चन्द्रमा के सतह पर सफलतापूर्वक उतरल रहे। एकरे बाद ओह दिन के राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस घोसित कइल गइल। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पहिली बेरि राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस के मौका पर देसवासियन के सुभकामना दिहले हवें। श्री मोदी कहलें कि ई दिन हमरे अंतरिक्ष वैज्ञानिकन क सराहना कइले क दिन हौ। चन्द्रयान-तीन मिशन क विक्रम लैण्डर पछिला बरिस तेईस अगस्त के चन्द्रमा के दक्षिणी ध्रुव पर सफलतापूर्वक उतरल रहे। प्रधानमंत्री श्री मोदी बाद में येह दिन के राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस घोसित कइलें।

सोसल मीडिया प्लेटफारम एक्स पर एगो पोस्ट में प्रधानमंत्री श्री मोदी कहलें कि पहिला राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस पर सबके बधाई। हमनी के अंतरिक्ष क्षेत्र में अपने देस के उपलब्धियन के बड़हन गर्व के साथे यादि करे लीं। ई दिन हमरे अंतरिक्ष वैज्ञानिकन क सराहना कइलहू क दिन हौ। हमार सरकार अंतरिक्ष क्षेत्र के सम्बन्ध में भविस्य में कई गो फैसिला लिहले हवे अउर हमनी के आवे वाले बरिस में अउरियो फैसिला लेवे जा रहल हई। प्रधानमंत्री श्री मोदी विक्रम लैण्डर के चन्द्रमा के सतह पर उतरले क एगो वीडियो साझा कइले हवें।

राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस के का महत्व बा?

अंतरिक्ष क्षेत्र में भारत के बढ़त प्रगति अउर अनुसंधान अउर अन्वेषण के यादि में राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस घोसित कइल गइल | येह दिन्ने लोगि अंतरिक्ष क्षेत्र में भारत के बढ़त प्रभुत्व क जश्न मनावत हवें। चन्द्रयान-तीनि के सफलता से भारत वैस्विक अंतरिक्ष क्षेत्र में एगो बड़हन खेलाड़ी के रूप में तइयार भइल हवे। ई मिसन इसरो के वैज्ञानिकन अउर इंजीनियरन के समरपण अउर कठिन परिश्रम क प्रतीक हौ। येह वैज्ञानिकन के राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस पर सम्मानित कइल जाला। एकरे अलावा राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस भारत के भावी पीढ़ियन के विज्ञान, प्रौद्योगिकी, इंजीनियरिंग अउर गणित में करियर बनावे खातिर प्रेरित करे अउर भारत के भावी अंतरिक्ष मिसन में जोगदान देवे खातिर घोसित कइल गइल हवे। भारत के पहिला राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस क बिसय हवे- ‘चंद्रमा के छू के जीवन के छूवल: भारत की अंतरिक्ष कहानी’।

चंद्रयान-4 आ 5 मिशन के भी घोषणा हो चुकल बा

पहिला राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस के उदघाटन समारोह के सम्बोधित करत केन्द्रीय मंत्री जितेन्द्र सिंह कहलें कि चन्द्रयान3 एगो मील क पत्थर रहे, एकरे बाद चन्द्रयान 4 अउर 5 मिसन रहे। उहां के आजु राष्ट्रीय मीडिया केन्द्र में राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस 2024 के पूर्व संध्या पर मीडिया से बतियावत रहलीं। अंतरिक्ष क्षेत्र में भारत के बढ़त प्रगति क जनकारी देत मंत्री कहलें कि 2025 ले भारतीयन के अंतरिक्ष में ले जाई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This