30.7 C
Gorakhpur
Wednesday, September 18, 2024

का तीसरा विश्वयुद्ध शुरू होखे वाला बा? डोनाल्ड ट्रंप अयीसन काहें कहले?

प्रमुख खबरें

तीसरा विश्वयुद्ध : अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप तीसरा विश्वयुद्ध के बारे में कुछ कहले बाड़े जवना के चर्चा पूरा जोर शोर से हो रहल बा। उ कमला हैरिस अवुरी टिम वाल्ज प कड़ा हमला करत कहले कि – पूरा दुनिया में हालत अवुरी खराब होखता। हमनी के विश्वयुद्ध के नजदीक आ रहल बानी जा।

डोनाल्ड ट्रंप एगो प्रेस कांफ्रेंस का दौरान अपना विरोधियन पर कटाक्ष करत ट्रम्प कहले कि ई लोग एह हालात के संभाल ना पइहें । कमला हैरिस के अभियान के गति मिलला का बाद ई पहिला प्रेस कांफ्रेंस रहल जवना में ऊ अपना विरोधियन के क्षमता पर सवाल उठवली। ट्रंप कहले कि अमेरिका के हालत बहुत बढ़िया नईखे। एतने ना, उ इहाँ तक कहले कि कमला हैरिस के हालत बाइडेन से भी जादे खराब बा। जहां, अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार बाड़े। एकरा संगे-संगे जो बाइडेन स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या से जूझ रहल बाड़े। डेमोक्रेटिक पार्टी कमला हैरिस के मैदान में उतारले बिया।

डोनाल्ड ट्रंप प्रेस कांफ्रेंस के दौरान कहले कि हमरा विचार से हमनी के तीसरा विश्वयुद्ध के बहुत करीब बानी। अपना विरोधियन पर हमला करत कहलन कि ई अइसन लोग ह जेकरा एह तरह के हालात से निपटे के तरीका नइखे मालूम। ओह लोग पर भरोसा ना होखे के चाहीं।अमेरिकी राष्ट्रपति रहल कहले कि चीन, रूस, उत्तर कोरिया के एह लोग पर भरोसा नइखे। उत्तर कोरिया के नेता किम जोंग उन के ट्रंप के पसंद बा। संगही उ कहले कि राष्ट्रपति के तौर प उनुकर चीन से बहुत निमन संबंध होई।

इहाँ एह साल अमेरिका में होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव में रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप आ डेमोक्रेटिक पार्टी के उम्मीदवार कमला हैरिस दस सितंबर के होखे वाला चुनावी बहस पर सहमत हो गइल बाड़न। एहमें दुनु उम्मीदवार एक दोसरा से मुकाबला करीहें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This