30.7 C
Gorakhpur
Wednesday, September 18, 2024

मोहम्मद यूनुस विरोध करे वाला छात्रन के तारीफ करत कहले – शेख हसीना एगो राक्षस रहे, हम ओकरा के भगा दिहनी, अइसन क्रांति भइल कि..

प्रमुख खबरें

ढाका: बांग्लादेश में शेख हसीना सरकार के उखाड़ फेंकला के बाद मोहम्मद यूनुस के नेतृत्व में अंतरिम सरकार बनल बा।अंतरिम सरकार के मुखिया बनला के बाद मोहम्मद यूनुस पहिला बेर जनता के संबोधित कईले। एह दौरान उ शेख हसीना के राक्षस बतावत विरोध प्रदर्शन करेवाला छात्र के तारीफ कईले। हिंसक विरोध प्रदर्शन में मारल गईल छात्र के श्रद्धांजलि देला के बाद उ कहले कि छात्र के नेतृत्व में एगो क्रांति भईल जवना से सरकार के उखाड़ फेंकल गईल। शेख हसीना के देश छोड़े के पड़ल।

हालांकि एह दौरान मोहम्मद यूनुस मान लिहलन कि पिछला एक महीना में भइल हिंसक विरोध आ राजनीतिक बदलाव का बाद बांग्लादेश के हालात अबहीं ले सामान्य नइखे आइल। उ कबूल कईले कि उनुका सरकार के सोझा बहुत चुनौती बा।
पूरा सिस्टम ढह गइल बा। नया सरकार बनल बा आ हमनी के फेर से शुरुआत करे के बा।

साथही बांग्लादेश में जल्दी चुनाव करावे के मांग बा। शेख हसीना के बेटा सजीब खुद कहले बाड़न कि अवामी लीग पार्टी चुनाव में भाग ली। एकरा संगे-संगे यूनुस के अंतरिम सरकार में गृह विभाग के सलाहकार सखावत हुसैन भी बयान देके कहली कि जदी शेख हसीना देश लवट के फेर से राजनीति करीहे त उनुका कवनो दिक्कत नईखे। हुसैन कहले कि हसीना के नया चेहरा लेके अवामी लीग के पुनर्गठन करे के चाही।

बता दीं कि तख्तापलट का बाद जवन हिंसा फइलल ओकरा में कट्टरपंथी लोग बहुते आतंक पैदा कइल। खास तौर प हिन्दू समाज अवुरी राष्ट्रीय स्मारक कट्टरपंथी मुसलमान के निशाना प रहे। मुजीबनगर के 1971 के शहीद स्मारक स्थल प मौजूद मूर्ति के कट्टरपंथी तोड़ देले। बता दीं कि बांग्लादेश के कट्टरपंथी मुसलमान देश के 27 जिला में हिन्दू के नरसंहार क दिहले। ओह लोग के घर आ प्रतिष्ठानन के निशाना बनावल गइल। घर में लूटपाट के बाद घर में आग लगा देले। कट्टरपंथी 50 से अधिका मंदिर जरा दिहले। देश भर में उग्र आतंक के नाच पेश कईल गईल। बांग्लादेश डेली स्टार के रिपोर्ट के मुताबिक सोमवार के रात देश के 27 जिला में हिन्दू के घर अवुरी दोकान प हमला भईल। दंगाई समूह भा छोट समूह बना के हिन्दू बस्ती प हमला कईले। हिन्दू के घर में घुस के लोग के पीट-पीट के भगा देले। पूरा चीज लूटला के बाद आग लगा दिहल गईल। विरोध करे वाला हिन्दू के पीट-पीट के हत्या क दिहल गईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This