30.7 C
Gorakhpur
Tuesday, September 17, 2024

AUS VS ENG:कप्तान जोस बटलर के नाते कोच एंड्रयू फ्लिंटॉफ के इस्तीफा दिहले,इंग्लैण्ड क क्रिकेट बोड आस्ट्रेलिया श्रृंखला से पहिले बड़हन संकट क सामना कइ रहल हवे।

प्रमुख खबरें

इंग्लैण्ड के आस्ट्रेलिया के खिलाफ तीनि मैचन क टी-ट्वेंटी अउर पांच एकदिवसीय मैच क श्रृंखला खेलल जाये के हौ। येह श्रृंखला से पहिले टीमि के झटका लागल हवे। टीमि के कोचिंग स्टाफ में सलाहकार नियुक्त कइल गइल एंड्रयू फ्लिंटॉफ टीमि छोड़ि दिहले हवें। कप्तान जोस बटलर के साथे फ्लिंटॉफ के रिश्ता अच्छा नइखे अउरी एह से ई पूर्व ऑलराउंडर टीम छोड़ दिहलस।

इंग्लैण्ड क्रिकेट येह समय भूकंप में बाटे। कोचिंग स्टाफ में सलाहकार के रूप में सामिल भइल पूर्व ऑलराउंडर एंड्रयू फ्लिंटॉफ अब टीमि के साथे नाही रहिहें। इंग्लैण्ड के सीमित ओवरन के कप्तान जोस बटलर अउर फ्लिंटॉफ के बिच्चे कुछु ठीक नइखे, येही नाते फ्लिंटॉफ टीमि छोड़ले क फैसिला कइले हवें।

IPL 2025 Update : जहीर खान एह टीम के मेंटोर बन सकेलें, गंभीर आईपीएल 2024 से पहिले चल गइल रहले; एकरा बाद से इ पद खाली बा

अंग्रेजी अखबार द टेलीग्राफ खबरि दिहले हवे कि बटलर अउर फ्लिंटॉफ एक दुसरे के साथे न मिलले के नाते टीमि के अलविदा कह दिहले हवें। अइसन स्थिति में टीमि के कार्यवाहक कोच मार्कस ट्रेस्कोथिक के आपन पसंदीदा कोचिंग स्टाफ चुनले क आजादी दीहल गइल हवे।

फ्लिंटॉफ के कुछु समय खातिर सलाहकार के रूप में टीमि में सामिल कइल गइल रहे बाकिर अब ऊ आस्ट्रेलिया के खिलाफ आवे वाला टी-ट्वेंटी अउर वनडे श्रृंखला खातिर इंग्लैण्ड के टीमि के साथे नाही रहिहें। दुन्नो टीमि के तीनि टी-ट्वेंटी अउर पांच एकदिवसीय मैच क श्रृंखला खेले के होई। फ्लिंटॉफ द हंड्रेड में नॉर्दर्न सुपरचार्जर्स के कोचिंग दिहलें। ओइजा रहले के दौरान ई टीमि सात में से पांच जीति लिहलसि। ई टीमि बहुते करीब आ के प्ले ऑफ से चूकि गइलिनि। फ्लिंटॉफ अपना कोचिंग करियर के शुरुआत सुपरचार्जर्स से कइलन।

रिपोर्ट के हिसाबि से बटलर अउर फ्लिंटॉफ के बिच्चे लमहर समय से विवाद रहे। जून में टी-ट्वेंटी विस्व कप के दौरान ई मतभेद गहरा गइल रहे। बटलर एह विश्व कप के बाद भी टीम के कप्तान बाड़े। बाकिर मैथ्यू मोट कोच पद से इस्तीफा दे दिहलें। मानल जाला कि बटलर आ ट्रेस्कोथिक के बीच अच्छा तालमेल बा। समरसेट में साथे काम कइले बाड़े। ट्रेस्कोथिक इंग्लैण्ड के पूर्णकालिक कोच बनले से कब्बो इंकार नाही कइले हवें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This