पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल इमरान खान के बहुते करीबी आ पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई के प्रमुख रहल लेफ्टिनेंट जनरल फैज हमीद के पाकिस्तानी सेना गिरफ्तार कर लिहले बिया। अब उनुका कोर्ट मार्शल के तइयारी हो रहल बा।
पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के समय में पाकिस्तान सेना के सबसे ताकतवर लोग में गिनल जाए वाला आईएसआई के पूर्व प्रमुख लेफ्टिनेंट जनरल फैज हमीद के पाकिस्तान सेना गिरफ्तार क लेले बिया। फैज हमीद के बुरा दिन इमरान खान के सरकार गिरला से शुरू हो गईल बा। अब उनुका कोर्ट मार्शल के तइयारी हो रहल बा। हालांकि फैज हमीद प लागल आरोप ठोस नईखे। पाकिस्तानी सेना आरोप लगवले बिया कि फैज अफगान सरकार के अस्थिर क के तालिबान के शासन ले आवे में मदद कइले बाड़न। फैज पर लगावल आरोप बेहद हास्यास्पद लागत बा बाकिर बांग्लादेश विद्रोह का तुरते बाद कइल गइल ई कार्रवाई एगो गंभीर संकट का ओर इशारा करत बा।
पाकिस्तानी सेना के प्रवक्ता आईएसपीआर अपना बयान में कहले बा कि कोर्ट मार्शल के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा आ लेफ्टिनेंट जनरल फैज हमीद के सैन्य हिरासत में ले लिहल गइल बा। बता दीं कि कोर्ट मार्शल शुरू होखते फैज हमीद के सेना से बर्खास्त क दिहल जाई अवुरी उनुका लगे जवन सुविधा उपलब्ध बा ओकरा के रोक दिहल जाई।nबतावल जाता कि फैज प पाकिस्तानी सेना के कई गो एक्ट के उल्लंघन के आरोप लागल बा। पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान से फैज के बढ़िया दोस्ती बा। इमरान खान चाहत रहले कि फैज सेना प्रमुख बनस, लेकिन पाकिस्तान में भईल तख्तापलट के चलते उनुकर इच्छा पूरा ना हो पावल।
पाकिस्तान के इतिहास में पहिला बेर कवनो आईएसआई के सैन्य हिरासत में लिहल गइल बा। पाकिस्तानी सेना कहले बिया कि इहे सुप्रीम कोर्ट के आदेश ह जवना के हमनी के पालन कईले बानी। पाकिस्तानी सेना टॉप सिटी केस में मिलल शिकायत के सच्चाई के पता लगावे खातिर विस्तृत जांच कईले रहे, जवना के बाद सुप्रीम कोर्ट के आदेश प कार्रवाई शुरू भईल।