भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार कइ गइल हवे। बैंकिंग क्षेत्र क नियामक भारतीय रिजर्व बैंक बिदेसी मुद्रा भण्डार के बारे में आकड़ा जारी कइले हवे, जेकरे हिसाबि से 23 अगस्त 2024 के खतम भइल हप्ता में बिदेसी मुद्रा भण्डार 7 बिलियन डॉलर बढ़ि के 681.688 बिलियन डॉलर हो गइल, जवन पछिला हप्ता में 674.66 बिलियन डॉलर रहे।
भारतीय रिजर्व बैंक के हिसाबि से 23 अगस्त 2024 के खतम भइल हप्ता में बिदेसी मुद्रा भण्डार 7 बिलियन डॉलर के बढ़ोत्तरी के साथे 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल, जवन अब तक क सबसे बेसी स्तर पर हौ। फॉरेन करेंसी एसेट्स 5.983 बिलियन डॉलर बढ़ि के 597.552 बिलियन डॉलर हो गइल। रिजर्व बैंक क गोल्ड रिजर्व 893 मिलियन डॉलर के बढ़ोत्तरी के साथे 61 बिलियन डॉलर हो गइल हवे। एसडीआर 118 मिलियन डॉलर बढ़ि के 18.45 बिलियन डॉलर हो गइल अउर इंटरनेशनल मॉनिटरी फंड में भण्डार 30 मिलियन डॉलर बढ़ि के 4.68 बिलियन डॉलर हो गइल।
भारत में बिदेसी पोर्टफोलियो निवेस में मजबूत बढ़ोत्तरी के नाते येह दौरान बिदेसी मुद्रा भण्डार में बढ़ोत्तरी देखल गइल हवे। पछिला कई ट्रेडिंग सेशन से भारतीय शेयर बजारि में मजबूती देखल जा रहल हौ अउर बिदेसी निवेस के नाते सेंसेक्स निफ्टी अब तक के उच्चतम स्तर पर बन्न भइल हौ। करेंसी मार्केट में डॉलर के मोकाबिले रुपया मामूली बढ़ोत्तरी के साथे 83.86 पर बन्न भइल।
बरिस 2024 में बिदेसी निवेस बढ़ले के नाते बिदेसी मुद्रा भण्डार में 58 बिलियन डॉलर क उछाल आइल हवे। 29 दिसम्बर 2023 के विदेशी मुद्रा भंडार 623 बिलियन डॉलर रहे, जवन अब 681 बिलियन डॉलर के पार कइ गइल बा। वित्त मंत्रालय के आरथिक मामिलन के विभाग की ओरि से जारीमंथली इकोनॉमिक रिव्यू के हिसाबि से जून अउर जुलाई 2024 में 10.8 बिलियन डॉलर क एफपीआई इंफ्लो देखल गइल हवे।