30.7 C
Gorakhpur
Tuesday, September 17, 2024

हर घर तिरंगा’ अभियान क तहत पीएम मोदी बदलनी प्रोफाइल फोटो, करोड़ों देशवासी लोगन से खास आग्रह

प्रमुख खबरें

NEW DELHI: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी X प इ पोस्ट करत लोगन से आग्रह कइलीं कि उ लोगन अपने प्रोफ़ाइल फोटो बदलके तिरंगा क फोटो लगाईं। पीएम मोदी पोस्ट करते लिखले कि ई साल स्वतंत्रता दिवस क अवसर प आइं हम सब मिलके #HarGharTiranga के एक यादगार मुहिम बनाईं। हम अपने प्रोफ़ाइल तस्वीर बदल रहल बानीं आ हम आप सब से भी इहे आग्रह करत बानीं… आप भी हमरे संगे ई जश्न में शामिल होखीं आ हां अपनी सेल्फी https://harghartiranga.com प जरूर शेयर करीं।

हर घर तिरंगा' अभियान क तहत पीएम मोदी बदलनी प्रोफाइल फोटो, करोड़ों देशवासी लोगन से खास आग्रह

 

गत 28 जुलाई के अपने मासिक ‘मन की बात’ रेडियो प्रसारण में पीएम मोदी हर घर तिरंगा अभियान के बारे में बात कइले रहलन आ लोगन से राष्ट्रीय ध्वज के संगे सेल्फी https://harghartiranga.com वेबसाइट पर अपलोड करे के आग्रह कइले रहलन। उ कहले रहलन कि ई अभियान समाज के हर वर्ग में लोकप्रिय हो गइल बा।

भारतीय जनता पार्टी  के राष्ट्रीय महासचिव तरुण चुघ एक बयान में कहलन, “प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जुलाई में अपने मन की बात कार्यक्रम के 112वां संस्करण में हर घर तिरंगा अभियान के राष्ट्रीय उत्सव के रूप में मनावे के आह्वान कइले रहलन।”

का बा हर घर तिरंगा अभियान?

पीएम मोदी 2022 में देश के आजादी के 75 साल पूरा होखला पर हर घर तिरंगा अभियान के शुरुआत कइले रहलें। ई अभियान क तहत देश के 20 करोड़ घरन के छत पर तिरंगा फहरावे के बात कहल गइल रहल। सरकार ई अभियान पर काफी खर्च कइले रहल आ इससे पहिले झंडा फहरावे के नियम भी बदले गइल रहलें। नियम में बदलाव के बाद रातो में तिरंगा फहरावे के अनुमति मिल गइल रहल।

हर घर तिरंगा' अभियान क तहत पीएम मोदी बदलनी प्रोफाइल फोटो, करोड़ों देशवासी लोगन से खास आग्रह

भाजपा 11 अगस्त से निकाली यात्रा

उ कहले कि भाजपा 11 अगस्त से 13 अगस्त तक प्रत्येक विधानसभा क्षेत्र में तिरंगा यात्रा निकाले वाली बा। चुघ बतवले कि 12, 13 आ 14 अगस्त के स्वतंत्रता सेनानियन आ युद्ध स्मारकों पर पुष्पांजलि अर्पित कइल जाई। चुघ बतवले कि 14 अगस्त के सभ जिलन में मौन जुलूस निकालके विभाजन स्मृति दिवस मनावल जाई। उ कहले कि 13, 14 आ 15 अगस्त के सभ घरन आ व्यापारिक प्रतिष्ठानों पर तिरंगा फहरावल जाई, जवना से “पूरा देश केसरिया, सफेद आ हरे रंग के सागर में बदल जाई।”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This