अमेरिका इजरायल के बीस अरब डॉलर के हथियार पैकेज के मंजूरी दे दिहले बा। अमेरिका कहले बा कि अमेरिका इजरायल के रक्षा करे आ ओकरा के एगो मजबूत आ विकसित देश बनावे के पूरा कोशिश करी काहे कि ई अमेरिकी राष्ट्रीय हित खातिर भी महत्वपूर्ण बा।
मध्य पूर्व में गाजा आ इजरायल के बीच युद्ध के डर बढ़ रहल बा। ओने अमेरिका इजरायल के बीस अरब डॉलर के हथियार पैकेज के मंजूरी दे दिहले बा। अमेरिका के कहना बा कि ईरान एह हफ्ता कबो इजरायल पर हमला कर सकेला आ अमेरिका इजरायल के रक्षा खातिर प्रतिबद्ध बा। अमेरिका आगे कहले बा कि अमेरिका इजरायल के रक्षा करे आ ओकरा के एगो मजबूत आ विकसित देश बनावे के पूरा कोशिश करी काहे कि ई अमेरिकी राष्ट्रीय हित खातिर भी महत्वपूर्ण बा।
अमेरिकी विदेश विभाग एगो नोटिस जारी करत कहलसि कि अमेरिका इजरायल के 50 गो एफ-15 लड़ाकू विमानन के 18.82 अरब डॉलर में बेचे के मंजूरी दे दिहले बा। इजरायल अमेरिका से करीब 33 हजार टैंक कारतूस, 50 हजार विस्फोटक मोर्टार कारतूस आ नया सैन्य मालवाहक गाड़ी भी खरीदी। हालांकि एफ-15 जईसन विमान के डिलीवरी 2029 से शुरू होई। व्हाइट हाउस के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार जॉन किर्बी के कहना बा कि ईरान आ हिजबुल एह हफ्ता कबो इजरायल पर हमला कर सकेलें आ हमनी के एकरा खातिर तइयार रहे के पड़ी।
मंगल का दिने हमास इजरायल के शहर तेल अवीव आ अउरी कई गो इलाकन पर करीब 90 गो रॉकेट से हमला कइलसि। इजरायली वायुसेना के कहना बा कि कुछ समय पहिले रॉकेट लॉन्च के पता चलल बा। ई रॉकेट गाजा पट्टी पार क के इजरायल के बीचोबीच समुद्री इलाका में गिर गइल। वायुसेना के कहना बा कि एह रॉकेट हमला का बारे में कवनो अलार्म सक्रिय नइखे भइल। एकरा तुरंत बाद एगो अवुरी रॉकेट लॉन्च के पता चलल, हालांकि इ रॉकेट इजरायल तक नईखे पहुंचल। खबर आइल बा कि तेल अवीव में धमाका के आवाज सुनाई पड़ल बा बाकिर एह हमला का चलते कवनो तरह के जान-माल के नुकसान के खबर नइखे आइल। बता दीं कि गाजा युद्ध में मरे वालन के गिनिती करीब चालीस हजार हो गइल बा.