दिल्ली : 15 अगस्त आ रहल बा आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आजकल जेल में बाड़े। बाकिर ऊ चाहत बाड़न कि झंडा फहरावल हमेशा का तरह होखे। जेल में रहला का चलते ऊ झंडा ना फहरा पइहें। बाकिर दिल्ली के सीएम चाहत बाड़न कि अतिशी उनुका जगहा गद्दी फहरासु, एह बारे में ऊ खुद जेल से दिल्ली के एलजी वीके सक्सेना के चिट्ठी लिखले बाड़न। चिट्ठी में उ कहले बाड़न कि अबकी 15 अगस्त के दिल्ली सरकार के मंत्री अतिशी उनुका जगहा झंडा फहरावे के काम करीहें। तिहार जेल में बंद अरविंद केजरीवाल एलजी के चिट्ठी लिख के एह बारे में जानकारी देले बाड़े।
चिट्ठी के मुताबिक अरविंद केजरीवाल कहले बाड़े कि, 15 अगस्त के मंत्री अतिशी हमरा जगह प झंडा फहराईहे। दरअसल, दिल्ली में हर साल स्वतंत्रता दिवस के मौका प दिल्ली सरकार छत्रसल स्टेडियम में एगो कार्यक्रम के आयोजन करेले, जवना में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल झंडा फहरावेले। लेकिन अबकी बेर मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल जेल में बाड़े। एहसे उ अपना कैबिनेट मंत्री अतिशी के झंडा फहरावे के अधिकार देले बाड़े।
बता दीं कि सोमवार के दिल्ली हाईकोर्ट शराब घोटाला के मामला में सीएम केजरीवाल के गिरफ्तारी के सही ठहरवलस। हाईकोर्ट सोमार का दिने कहलसि कि सीबीआई के एह हरकत में कवनो दुर्भावना नइखे जवना से पता चलत बा कि कइसे आप सुप्रीमो ओह गवाहन के प्रभावित कर सकेलें जे गिरफ्तारी का बाद ही गवाही देबे के हिम्मत जुटा सकेलें।
सीबीआई 26 जून के केजरीवाल के गिरफ्तार कईले रहे, जब उ ईडी के ओर से जाँच करत मनी लांड्रिंग के मामला में न्यायिक हिरासत में रहले। बाद में सुप्रीम कोर्ट उनुका के ईडी केस में अंतरिम जमानत दे दिहलस, लेकिन सीबीआई केस में उनुका के अभी तक जमानत नईखे मिलल, जवना के चलते उ जेल में बाड़े।