खगड़िया : बिहार में 21 हजार सिपाही के बहाली खाती बुधवार के पहिला चरण के लिखित परीक्षा के आयोजन कईल गईल बा। एकरा में करीब 2.90 लाख परीक्षार्थियन के हाजिर होखे के पड़ी जवना खातिर राज्य भर में 545 परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा। एकरा से पहिले खगड़िया में फर्जी जवाब पत्र बरामद भईल बा। ए मामला में सात लोग के हिरासत में लेके पूछताछ कईल जाता।
एगो पुलिस अधिकारी बुधवार के बतवले कि पुलिस के सूचना मिलल बा कि परबट्टा इलाका के एगो मैरिज हॉल में करीब 90 उम्मीदवार जुटल रहले अवुरी उनुका के फर्जी जवाब पत्र दिहल गईल।पुलिस तुरंत कार्रवाई करत सभके जांच कईलस। पुलिस सूत्र के मुताबिक, खगड़िया से बहरी के बहुत बच्चा भी ए में शामिल बाड़े, जवना के परीक्षा केंद्र खगड़िया में बा। एकरा नाम से एगो छात्र से पईसा वसूली के मामला भी सोझा आईल बा।
फिलहाल 7 लोग के हिरासत में लेके मामला के जांच कईल जाता। उ बतवले कि प्रश्नपत्र लीक जईसन कवनो चीज़ नईखे। उम्मीदवार के पईसा के धोखा देवे खाती फर्जी जवाब पत्र दिहल गईल। परबता थाना मामला के छानबीन कर रहल बा एह परीक्षा के कदाचार से मुक्त करावे खातिर सगरी एहतियात के उपाय कइल गइल बा। परीक्षा केंद्र के सभ कमरा में सीसीटीवी लगावल गईल बा। परीक्षा दुपहरिया बारह बजे से शुरू होखे वाला बा।