लखनऊ : यूपी के अयोध्या में गैंग रेप पीड़िता के गर्भपात लखनऊ के केजीएमयू में भईल रहे। ए दौरान डॉक्टर डीएनए जांच खाती भ्रूण के नमूना भी लेले बाड़े। सूत्र के मुताबिक मंगलवार के केजीएमयू में बलात्कार पीड़िता के गर्भपात भईल। गर्भपात के बाद पीड़िता के हालत सामान्य बतावल जाता अवुरी जल्दिए उनुका के अस्पताल से छुट्टी दे दिहल जाई।
पुलिस डीएनए के आधार प दोषी के पहचान करी दरअसल अयोध्या में जब बलात्कार पीड़िता के स्वास्थ्य बिगड़ल त ओकरा के अयोध्या जिला अस्पताल से लखनऊ रेफर क दिहल गईल। पीड़िता के सोमवार के कड़ा पुलिस सुरक्षा के तहत लखनऊ के क्वीन मैरी अस्पताल में भर्ती करावल गईल।
आरोप बा कि सपा नेता मोईद खान नाबालिग के नौकरी से लुभा के दुष्कर्म कईले। शिकायत में कहल गइल बा कि आरोपी दू महीना ले ओकरा साथे बलात्कार करत रहल आ केहू के बतावे पर ओकरा के जान से मारे के धमकी भी दिहलसि मामला तब सोझा आईल जब नाबालिग के पेट में दर्द हो गईल। परिवार ओकरा के डॉक्टर के लगे ले गईल, जहां मेडिकल जांच के बाद पता चलल कि उ गर्भवती बाड़ी। एकरा बाद उ परिवार के पूरा कहानी सुनवले।
यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ नाबालिग से बलात्कार करे के मुख्य आरोपी सपा नेता मोईद खान के मुद्दा भी विधानसभा में उठवले रहले। उ कहले कि कवनो अपराधी के ना छोड़ल जाई। एकरा संगे-संगे ए मामला में जिला प्रशासन आरोपी मोईद खान के बेकरी के बुलडोजर से उड़ा देले रहे। संगही खाद्य सुरक्षा विभाग के अधिकारी आरोपी के बेकरी प छापा मार के सभ सामान जब्त क उनुका बेकरी के सील क देले।