LIC TCS Market Cap 2024: मार्केट कैपिटलाइजेशन के मामला में देश के शीर्ष 10 में से 7 कंपनी के मूल्य में पछिला सप्ताह कुल मिला के 1.40 लाख करोड़ रुपया के बढ़ोतरी भईल बा। एह में सबसे ज्यादा बढ़ोतरी टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज यानी टीसीएस के मिलल| एह हफ्ता के कारोबार का दौरान टेक कंपनी के मार्केट कैप में 67,477.33 करोड़ रुपिया के बढ़ोतरी भइल| अब कंपनी के वैल्यूएशन बढ़ के 15.98 लाख करोड़ रुपिया हो गइल बा| एकरा से पहिले कंपनी के मार्केट कैप में टीसीएस के अलावे इन्फोसिस, भारती एयरटेल, आईसीआईसीआई बैंक, आईटीसी लिमिटेड, रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड अवुरी हिंदुस्तान यूनिलीवर में भी बढ़ोतरी भईल बा।
एह दौरान एलआईसी, एचडीएफसी आ एसबीआई के मूल्य में 71,497 करोड़ रुपिया के कमी आइल जबकि भारतीय जीवन बीमा निगम, एचडीएफसी बैंक आ भारतीय स्टेट बैंक (एसबीआई) के मार्केट कैपिटलाइजेशन में संयुक्त रूप से 71,493.9 करोड़ रुपिया के कमी आइल बा। जवना में खाली एलआईसी के पूंजीकरण में 47,943.48 करोड़ रुपया के कमी आईल बा। एकरा संगे एचडीएफसी बैंक अवुरी एसबीआई के बाजार मूल्यांकन में ए दौरान 13,064 करोड़ अवुरी 10,486.42 करोड़ रुपया के गिरावट आईल बा।
हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन यानी बियफे (16 अगस्त) पर सेंसेक्स 1,330 अंक यानी 1.68 % के बढ़ोतरी के साथ 80,436 पर बंद भइल। निफ्टी में भी करीब 400 अंक (1.65%) के बढ़ोतरी भईल अवुरी सबेरे बाजार 800 अंक से जादे के बढ़ोतरी के संगे खुलल, हालांकि बाद में 200 अंक के गिरावट देखाई देलस। फेर बाजार फेरु से ऊपर आ गइल।
खरीददारी आईटी, ऑटो, मीडिया, रियल्टी अवुरी तेल अवुरी गैस के स्टॉक में देखाई देलस। एह हफ्ता के कारोबार का दौरान सेंसेक्स में कुल 731 (1.57) अंक के बढ़ोतरी भइल।