Mumbai: अभिनेत्री-राजनेता कंगना रनौत कहले हइनि कि उनकर फिलिम “Emergency” रिलीज खातिर मंजूरी दिहले के अफवाह के बवजूदो सेंसर बोड के लग्गे अबहिन लम्बित बाटे। छौ सितम्बर के रिलीज होखे वाली येह फिलिम में हिमाचल प्रदेस के मंडी से भाजपा सांसद रनौत पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी क भूमिका निभाइहें।
एक्स पर पोस्ट कइल गइल एगो वीडियो सनेसा में अभिनेत्री दावा कइलिनि कि उन्हें अउर केन्द्रीय फिल्म प्रमाणन बोड-सीबीएफसी के सदस्यन के धमकी मिलि रहलि हौ। उहां के कहलीं कि उनपर दबाव हौ कि ऊ पूर्व प्रधानमंत्री के हत्या के उनके सुरक्षा गाडं की ओरि से न देखावें। उहां के कहलीं कि अइसन अफवाह हौ कि हमरे फिलिम ‘इमरजेंसी’ के सेंसर प्रमाण पत्र मिलि गइल हवे। ई बात सही नइखे। असल में हमार फिलिम त पहिलहीं क्लियर हो चुकल रहे बाकिर कई गो धमकी के चलते एकर प्रमाणन रोकल गइल बा। “
कंगना आरोप लगउलिनि कि- सेंसर बोर्ड के लोगिन के भी ढेर धमकी मिलि रहल बा। हमनी पर दबाव बा कि श्रीमती गांधी क हत्या, जरनैल सिंह भिंडरावाले अउर पंजाब दंगा न देखाईं। फिलिम में ब्लैकआउट भइला पर हम का देखाइब पता नइखे। ई हमरा खातिर अविश्वसनीय समय हवे अउर येह देस के येह हालति खातिर बहुते खेद बाटे।
शिरोमणि अकाली दल आजु CBFC के कानूनी नोटिस भेजि के रनौत के फिलिम के रिलीज पर रोकि लगवले क मांगि करत दावा कइले हौ कि येहसे साम्प्रदायिक तनाव भड़क सके ला अउर गलत सूचना फइलावल जा सके ला। ओहमें आरोप लगावल गइल हौ कि फिलिम के ट्रेलर में गलत ऐतिहासिक तथ्य देखावल गइल हवे जवन न खाली सिख समुदाय के गलत ढंग से प्रस्तुत करे ला बलुक घृणा अउर सामाजिक कलह के बढ़ावा देला।