नई दिल्ली : बांग्लादेश में तख्तापलट के बाद परेशानी नईखे रुकल, हिंसा अवुरी लूटपाट के खबर रोज सोझा आवता, एने बांग्लादेश के वर्तमान हालत के देखत अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद ICC पूर्व प्रधानमंत्री शेख हसीना के सत्ता से बेदखल होखला के बाद बांग्लादेश में भईल अशांति के चलते महिला टी-20 विश्व कप के संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) में स्थानांतरित क दिहल जाई। ई विश्व कप दुबई आ शारजाह में 3 से 20 अक्टूबर ले होखी।
आईसीसी के मुख्य कार्यकारी जॉफ एलार्डिस कहले कि, बांग्लादेश खातिर ई बेहद निराशाजनक बा कि ऊ महिला टी-20 विश्व कप के मेजबानी ना कर पावत बा, काहे कि बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (BCB) एकरा के यादगार आयोजन बनावे के पूरा तइयारी कइले रहले।