Gold Rate Today In India: का रऊवा भी जन्माष्टमी से पहिले सोना खरीदे के योजना बनावत बानी? बांके बिहारी के सोना चांदी के गहना चढ़ावे के बा त पहिले जान लीं कि शुक्रवार के सोना के दाम का रहे। बुलियन बाजार के मुताबिक आज सोना के दाम में गिरावट आईल बा।
रउआ जन्माष्टमी से पहिले सोना खरीदे के भी योजना बनावत बानी त पहिले जान लीं कि शुक्रवार के सोना के दाम का रहे। बुलियन बाजार के मुताबिक आज सोना के दाम में गिरावट आईल बा। अगर काल्हु गुरुवार 22 अगस्त 2024 के दाम से कईल जाए त आज शुक्रवार 23 अगस्त के सोना 500 रुपया सस्ता हो गईल बा।
बियफे 23 अगस्त 2024 के बुलियन बाजार में 24 कैरेट सोना के दाम अधिकतर शहरन में करीब 72,800 रुपिया के कारोबार हो रहल बा। एकरा संगे-संगे 22 कैरेट सोना के कीमत 66,700 रुपया के आसपास कारोबार होखता। अगर चांदी के बात कईल जाए त दिल्ली में चांदी के दर 86,900 रुपया रहे। चाँदी के दर काल्हु का मुकाबले आजु सौ रुपिया घटल बा।
देश के 12 शहर में सोना चांदी के दर जानिए।
दिल्ली में आज के सोना के दाम : 24 कैरेट सोना के दाम लगभग 72,960 रुपया प्रति 10 ग्राम बा। 22 कैरेट सोना के भाव लगभग 66,940 रुपया प्रति 10 ग्राम बा।
मुंबई में आज के सोना के भाव : 24 कैरेट सोना के भाव 72,860 रुपए प्रति 10 ग्राम बा। 22 कैरेट सोना के भाव 66,790 रुपए प्रति 10 ग्राम बा।
अहमदाबाद में आज के सोना के भाव : 24 कैरेट सोना के भाव 72,910 रुपए प्रति 10 ग्राम बा। 22 कैरेट सोना के खुदरा दाम 66,840 रुपए प्रति 10 ग्राम बा।
देश के अन्य प्रमुख शहरों में सोना की कीमत:
शहर | 22 कैरेट गोल्ड रेट | 24 कैरेट गोल्ड रेट |
चेन्नई | 66,790 | 72,860 |
कोलकाता | 66,790 | 72,860 |
गुरुग्राम | 66,940 | 72,960 |
लखनऊ | 66,940 | 72,960 |
बेंगलुरु | 66,790 | 72,860 |
जयपुर | 66,940 | 72,960 |
पटना | 66,840 | 72,910 |
भुवनेश्वर | 66,790 | 72,860 |
हैदराबाद | 66,790 | 72,860 |