15.5 C
Gorakhpur
Wednesday, November 20, 2024

BCCI बम्पर कमाई कइले बा, आंकड़ा जान के रउरा हैरान होखब, एतना पइसा कहाँ से कमाई?

प्रमुख खबरें

MUMBAI: भारत में क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड (बीसीसीआई) दुनिया में सबसे जादा पईसा कमाए वाला अवुरी ओकरा लगे राखेवाला बोर्ड बन गईल बा। आईपीएल से बीसीसीआई के 5120 करोड़ रुपया के सरप्लस मिलल बा। साल 2022 में बीसीसीआई के 2367 करोड़ रुपया के सरप्लस मिलल जवन कि अब 116 प्रतिशत बढ़ गईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक आईपीएल 2023 से कुल आमदनी 11769 करोड़ रुपया बा।

बीसीसीआई के मुनाफा के सबसे बड़ कारण नया मीडिया राइट्स बा।  बोर्ड 2023 से 2027 तक के सीजन के मीडिया राइट्स 48390 करोड़ रुपया में बेचले बा। आईपीएल के सीजन से बोर्ड के मीडिया राइट्स के कमाई साल 2022 में 3780 करोड़ रुपिया रहल जवन सीजन 2023 में बढ़ के 8744 करोड़ रुपिया हो गइल।  एहमें 131 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा। एकरा अलावे फ्रेंचाइजी फीस अवुरी प्रायोजन के पईसा से बोर्ड के कमाई में भी बढ़ोतरी भईल बा।

बीसीएसआई अपना रिपोर्ट में कहलस कि फ्रेंचाइजी फीस से बोर्ड के कमाई 1730 करोड़ से बढ़ के 2117 करोड़ रुपया हो गईल बा, जबकि स्पॉन्सरशिप से बढ़ के 828 करोड़ से 22% बढ़ के 847 करोड़ रुपया हो गईल बा, हालांकि एकरा में 2% के मामूली बढ़ोतरी दर्ज भईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक, 2023 के आईपीएल सीजन में बोर्ड सभ फ्रेंचाइजी के बीच 4670 करोड़ रुपया बांटले बा। ई पिछला सीजन में टीमन के मिलल कुल रकम से दुगुना से अधिका बा।

बीसीसीआई महिला प्रीमियर लीग में 259 करोड़ के निवेश क के 636 करोड़ रुपिया कमा लिहले बिया। ई मीडिया राइट्स, फ्रेंचाइजी फीस आ स्पॉन्सरशिप राइट्स से मिलेला। एकर मतलब साफ बा कि एह लीग से बोर्ड के 377 करोड़ रुपिया के सीधा मुनाफा भइल बा। खास बात ई बा कि 125.53 करोड़ रुपिया अकेले मीडिया अधिकार से कमाई भइल।

वित्तीय वर्ष 2023 में बीसीसीआई के बैंक बैलेंस में काफी बढ़ोतरी भईल बा। एकरा में साढ़े पाँच हजार करोड़ रुपया से अधिका के बढ़ोतरी भइल। ताजा वार्षिक रिपोर्ट के मुताबिक वित्तीय वर्ष 2023 के अंत तक बोर्ड के सभ बचत खाता में कुल 16493.2 करोड़ रुपया जमा हो गईल बा जबकि पछिला साल इ रकम 10991.2 करोड़ रुपया रहे। मतलब 5502 करोड़ रुपया सीधा बढ़ गईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This