22.4 C
Gorakhpur
Thursday, December 26, 2024

Yuvraj Singh: देश के विश्व चैंपियन बनावे वाला युवराज सिंह पर बायोपिक बनावल जा रहल बा, दिग्गज कहले – ई हमरा खातिर एगो सम्मान बा

प्रमुख खबरें

Biopic on Yuvraj Singh: भारतीय टीम के आलराउंडर रहल आ स्टार खिलाड़ी युवराज सिंह के जिनिगी के कुछ अनसुना कहानी अब सिल्वर परदा पर देखे के मिली। बाकिर फिल्म निर्माता अबहीं ले ई साफ नइखन कइले कि कवन अभिनेता युवी के किरदार करीहें।

भारत के टी-20 विश्व कप (2007), वनडे विश्व कप (2007) के चैंपियन बनावे वाला स्टार बल्लेबाज आ ऑलराउंडर युवराज सिंह के जान सिल्वर परदा पर ले आवे के फैसला भइल बा। भूषण कुमार के कंपनी ‘टी-सीरीज’ मंगल का दिने भारत के एह स्टार क्रिकेटर रहल एह पर फिलिम बनावे के एलान कइलसि। फिल्म के नाम अबहीं तय नइखे भइल।

भूषण कुमार के ‘टी-सीरीज’ कंपनी के बैनर तले बनल एह फिलिम के सह निर्माता रवि भागचंदका रहीहें। हालांकि, अभी तक एकर राज नईखे बतावल गईल कि सिल्वर स्क्रीन प युवराज सिंह के किरदार के करीहे। एगो प्रेस रिलीज़ के मुताबिक, युवराज सिंह के क्रिकेट कैरियर अवुरी निजी जीवन के महत्वपूर्ण पल ए फिल्म में देखावल जाई।

एह फिलिम के कहानी 2007 के टी-20 विश्व कप में 6 गेंद में 6 छक्का मारला आ 2011 के वनडे विश्व कप में कैंसर से खेलल आ ओकरा बाद कैंसर से लड़ाई आ 2012 में  क्रिकेट के दुनिया में वापसी के इर्द-गिर्द घूमी। भारत के दू गो आईसीसी विश्व कप खिताब जीते में युवराज के अहम भूमिका रहल। ऊ टी20 विश्व कप 2007 में स्टार रहलें, जबकि 2011 के वनडे वर्ल्ड कप में भी ऊ टूर्नामेंट के खिलाड़ी रहलें। युवी 13 साल के उमिर से आपन करियर शुरू कइले रहले।

युवी कहली हम खुश बानी हमार फैंस हमार कहानी परदा पर देखिहें। उनुका उम्मेद बा कि उनुका जीवन प आधारित इ फिल्म लोग के चुनौती से निपटे खाती प्रेरित करी। ई पूर्व आलराउंडर कहले कि हम अपना के बहुत सम्मानित महसूस करतानी कि भूषण अवुरी रवि हमार कहानी दुनिया भर के लाखों प्रशंसक के देखाईहे। क्रिकेट हमरा सबसे ज्यादा प्यार बा आ ई तमाम उतार चढ़ाव के माध्यम से ताकत के स्रोत रहल बा। आशा बा कि ई फिलिम लोग के अपना चुनौती से उबर के अपना सपना के जोश से पूरा करे खातिर प्रेरित करी।

एह फिलिम में युवी के किरदार परदा पर के जिंदा करी एह बारे में कवनो फैसला नइखे भइल। बॉलीवुड के उभरत कलाकार सिद्धांत चतुर्वेदी युवराज सिंह के बायोपिक में मुख्य भूमिका निभावे के इच्छा जतवले रहले।युवराज सिंह के किरदार निभावे खातिर रणवीर कपूर भी बढ़िया विकल्प हो सकेलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This