नई दिल्ली : गैल इंडिया लिमिटेड नॉन-एग्जीक्यूटिव जाब में रुचि राखे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो सुनहरा मौका ले के आइल बिया। संस्थान में 350 से अधिका पद पर बहाली कइल जाई। गेल अपना विभिन्न सेंटर्स, यूनिट्स में नॉन-एग्जीक्यूटिव कैडर के तहत जूनियर इंजीनियर, फोरमैन के पद प बहाली खाती पात्र उम्मीदवार से आवेदन आमंत्रित कईले बिया। उम्मीदवार ऑनलाइन आवेदन कर सकेलें। आवेदन के आखिरी तारीख 7 सितंबर 2024 बा।
एह पदन पर बहाली कइल जाई नॉन-एग्जीक्यूटिव पदों खातिर रिक्त पदन में जूनियर इंजीनियर केमिकल के 2 आ जूनियर इंजीनियर मैकेनिकल के 1 पद खाली बा। फोरमैन पद में इलेक्ट्रिकल के 1 पद, इंस्ट्रूमेंटेशन के 14 पद अवुरी सिविल के 6 पद बहाल कईल जाई। एकरा अलावा जूनियर सुपरिंटेंडेंट ऑफिशियल लैंग्वेज के 5, जूनियर केमिस्ट के 8, जूनियर एकाउंटेंट के 14, टेक्निकल असिस्टेंट (लेबोरेटरी) के 3, ऑपरेटर (रासायनिक) के 73, तकनीशियन (इलेक्ट्रिकल) के 44, तकनीशियन (इंस्ट्रूमेंटेशन) के 45, टेक्नीशियन (टेलीकॉम एंड टेलीमेट्री) के 39 पद, ऑपरेटर (फायर) के 11 पद, ऑपरेटर (बॉयलर) के 8 पद, खाता सहायक के 13 पद अवुरी बिजनेस असिस्टेंट के 65 पद खाती आवेदन करे के मौका बा।
जूनियर इंजीनियर (केमिकल) के पद खातिर केमिकल/पेट्रोकेमिकल/केमिकल टेक्नोलॉजी/पेट्रोकेमिकल टेक्नोलॉजी में इंजीनियरिंग डिप्लोमा वाला उम्मीदवार न्यूनतम 60% अंक के संगे आवेदन क सकतारे। जेकरा लगे भौतिकी, रसायन विज्ञान आ गणित में कम से कम तीन साल के स्नातक के डिग्री बा ऊ ऑपरेटर (केमिकल) पद खातिर आवेदन कर सकेला। आवेदक के कम से कम एक साल के काम के अनुभव भी होखे के चाही।
हर पद खातिर अलग अलग उमिर सीमा तय कइल गइल बा। एह पद खातिर तय उमिर सीमा के विवरण गेल जारी कइले बा। आरक्षित श्रेणी के अभ्यर्थियन के नियम के मुताबिक ऊपरी उम्र सीमा में ढील दिहल जाई। कम्प्यूटर आधारित परीक्षा, ट्रेड टेस्ट भा स्किल टेस्ट, दस्तावेज सत्यापन आ मेडिकल परीक्षा का आधार पर उम्मीदवारन के चयन कइल जाई। इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार एह पदन खातिर ऑनलाइन आवेदन कर सकेलें। अंतिम तारीख 7 सितंबर 2024 के बा। अधिक जानकारी खातिर गेल के वेबसाइट पर जाईं।