30.7 C
Gorakhpur
Tuesday, September 17, 2024

ICC Chairman Election: जय शाह आईसीसी के नयका अध्यक्ष बने वाला बाड़े? हो सकता कि जल्दीए बड़ जिम्मेदारी मिल जाए

प्रमुख खबरें

ICC Chairman Election: भारत में क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड के सचिव जय शाह आईसीसी(ICC) के अध्यक्ष बन सकेलें। ई चरचा एहसे तेज हो रहल बा काहे कि आईसीसी के मौजूदा अध्यक्ष ग्रेग बार्कले आपन पद छोड़े के फैसला कइले बाड़न।  उनकर कार्यकाल नवंबर में खतम होखे वाला बा, आईसीसी के 1 दिसंबर के नया अध्यक्ष मिल जाई। अध्यक्ष के चुनाव खातिर नामांकन के आखिरी तारीख 27 अगस्त तय कर दिहल गइल बा। मानल जाता कि जदी जय शाह आवेदन करीहे त उनुका अध्यक्ष बने के संभावना बहुत जादे बा।

शाह एह पद खातिर आपन दावा पेश करीहें कि ना, ई 27 अगस्त ले साफ हो जाई जवन अध्यक्ष पद खातिर नामांकन दाखिल करे के आखिरी तारीख ह। आईसीसी के अध्यक्ष दू साल के तीन गो कार्यकाल के पात्र बाड़न आ न्यूजीलैंड के वकील बार्कले अबले चार साल पूरा कर चुकल बाड़न। आईसीसी के नियम के मुताबिक अध्यक्ष के चुनाव में 16 वोट बा अवुरी अब जीते वाला के 9 वोट (51%) के साधारण बहुमत के जरूरत बा।

असल में कहल जात बा कि अगर जय शाह आईसीसी के चेयरमैन बन जइहें त बीसीसीआई के एकर फायदा होखी। हालांकि उनुका लगे अबहीं बीसीसीआई सचिव के कार्यकाल में एक साल बाचल बा। अगर ऊ आईसीसी के नया चेयरमैन बन गइलन त 35 बरीस का उमिर में ऊ सबले कम उमिर के चेयरमैन बने के रिकार्ड बना सकेलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This