केंद्र सरकार के बड़का कदम, जम्मू में लगातार आतंकी हमलन के बीच बीएसएफ प्रमुख, उप प्रमुख के तुरंत प्रभाव से हटावल गइल…
नई दिल्ली। जम्मू-कश्मीर के जम्मू क्षेत्र में लगातार आतंकी घटनन के बीच केंद्र सरकार बड़ कदम उठवले बा, बीएसएफ के महानिदेशक (डीजी) नितिन अग्रवाल अउरी उनकर डिप्टी स्पेशल डीजी (पश्चिम) वाई बी खुरानिया के तुरंत प्रभाव से हटाके उनकर संबंधित राज्य कैडर में वापिस भेज देहल गइल. एकरा संबंध में शुक के दिने आदेश जारी कइल गइल.
बता दीं कि राजौरी, पुंछ, रियासी, उधमपुर, कठुआ अउरी डोडा जिला में एक साल में एहन घटनन में 11 सुरक्षाकर्मी अउरी एक ग्राम रक्षा गार्ड (वीडीजी) के सदस्य समेत कम से कम 22 लोग मारे गइल बाड़ें. एह मोर्चा के सुरक्षा के जिम्मा बीएसएफ निभावत बा, जे घुसपैठ के कवनो घटना से मना कर रहल बा. पिछले महीना कठुआ अउरी डोडा जिलन में दू गो मुठभेड़ में पाँच आतंकवादी भी मारे गइल रहलें.
कैबिनेट के नियुक्ति समिति (एसीसी) द्वारा जारी अलग-अलग आदेशन में कहल गइल बा कि उनकरा “तुरंत प्रभाव” से “समय से पहिले” वापिस भेजल जा रहल बा. एकरे संगे, कैबिनेट की नियुक्ति समिति 1989 बैच के ओडिशा कैडर के आईपीएस अधिकारी अमृत मोहन प्रसाद के केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) में एसडीजी के रूप में नियुक्त कइलस.
अग्रवाल 1989 बैच के केरल कैडर के आईपीएस अधिकारी बाड़ें, जबकि खुरानिया 1990 बैच के ओडिशा कैडर के बाड़ें. उम्मीद बा कि खुरानिया ओडिशा में पुलिस बल के प्रमुख या पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) बने के जिम्मेदारी सम्भारीहन, जहवाँ नई भाजपा सरकार अभी-अभी कार्यभार सम्हरलस.
अग्रवाल पिछले साल जून में सीमा सुरक्षा बल प्रमुख के कार्यभार सम्हरलें अउरी ऊ जुलाई, 2026 में सेवानिवृत्त होखे वाला रहलें. ओही संय खुरानिया विशेष महानिदेशक (पश्चिम) के रूप में भारत के पश्चिमी हिस्सा में जम्मू, पंजाब, राजस्थान औई गुजरात से लागल लगभग 2,289 किलोमीटर लंबा पाकिस्तान सीमा पर बल के गठन के नेतृत्व कर रहल रहलें.
घना जंगल अउरी पहाड़ी इलाका से घिरल जम्मू क्षेत्र ए सीमा के 485 किलोमीटर हिस्सा बा. करीब 2.65 लाख कर्मी वाला बीएसएफ पश्चिम में पाकिस्तान अउरी पूरब में बांग्लादेश के साथ भारतीय सीमन के रक्षा करत बा.