28.7 C
Gorakhpur
Wednesday, September 18, 2024

अनंतनाग मुठभेड़:सेना आ आतंकियन का बीच मुठभेड़, दू गो जवान शहीद, तीन घायल, तलाशी अभियान जारी बा

प्रमुख खबरें

श्रीनगर,अनंतनाग जिला में तलाशी के दौरान सेना अवुरी आतंकी के बीच भयंकर मुठभेड़ भईल। ए मुठभेड़ में सेना के दु जवान शहीद हो गईले, जबकि तीन जवान घाही होखे के खबर बा। अधिकारी बतवले कि इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी प सेना दक्षिण कश्मीर के कोकरनाग इलाका के अहलान गागरमाण्डू  जंगल में तलाशी अभियान चलावत रहे।इलाका में घेराबंदी आ तलाशी अभियान चलावल जात रहे। एही बीच आतंकवादी सेना प हमला कईले।

अनंतनाग मुठभेड़:सेना आ आतंकियन का बीच मुठभेड़, दू गो जवान शहीद, तीन घायल, तलाशी अभियान जारी बा

बतावल जाता कि जंगल में लुकाइल आतंकी तलाशी दल के देखते अंधाधुंध गोलीबारी शुरू क देले, जवना के चलते भयंकर मुठभेड़ भईल। आतंकियन के गोलीबारी में सेना के दू गो जवान शहीद हो गइल बाड़े जबकि तीन जने घवाहिल हो गइल बाड़े। घाही लोग में एगो सेना के जवान बा, जबकि बाकी दु लोग नागरिक बाड़े। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहाँ ओह लोग के इलाज हो रहल बा। अधिकारी बतवले कि इलाका में अतिरिक्त सुरक्षा बल भेजल गईल बा अवुरी तलाशी अभियान भी चलावल जाता।

सेना के श्रीनगर के चिनार कोर ट्विटर प एगो पोस्ट में कहलस कि विशिष्ट खुफिया जानकारी के आधार प आज भारतीय सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस अवुरी सीआरपीएफ के ओर से सामान्य क्षेत्र कोकरनाग, अनंतनाग में संयुक्त अभियान शुरू कईल गईल। एही बीच आतंकवादियन से गोलीबारी शुरू हो गइल। सुरक्षा बल के ओर से जवाबी गोलीबारी भी भईल। वर्तमान में कोकरनाग अभियान में 2 जवान शहीद हो चुकल बाड़े। दू गो नागरिक आ एगो जवान घवाहिल हो गइल बाड़न आ ओह लोग के इलाज हो रहल बा। इलाका में अभी भी खोज अभियान चल रहल बा।

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

ताजा खबरें

Foreign Exchange Reserves Data: भारत क विदेशी मुद्रा भंडार सात बिलियन डॉलर के नया उच्चतम स्तर पर पहुंचि के 681.68 बिलियन डॉलर हो गइल हौ।

भारत क बिदेसी मुद्रा भण्डार (Foreign Exchange Reserves) मजबूत उछाल के साथे पहिली बेरि 680 बिलियन डॉलर के पार...

More Articles Like This